welcome Bhojpuri Samaj

क्षणे क्षणे बदले तहरो मिजाज बबुनी ,
धोखेबाज बबुनी उड़नबाज बबुनी ,

काहे लउके ना अब तहरा बंगाल बबुनी ?
उड़नबाज बबुनी चालबाज बबुनी ।

कतना सुविधा मिलल ?
कतना पईसवा ?
बंगला आ गाड़ी मिलल ,
आ कि जमीनवा ?
दीदीया का देहली तोहके ?
हमके बताव,
साची साची कह बहिना ,
कुछो ना छिपाव,

कईसे कईल जाई तहरो इलाज बबुनी?
धोखेबाज बबुनी उड़नबाज बबुनी ।

सबे खराबी दिखे ,
तहरा ही देश में ।
बड़ तू गद्दार बाड़ू,
हिन्दू के भेष में ।
छाती रोज पिटतारू,
रोजगार चाही ।
एगो दूगो आऊर ,
औडी सौडी कार चाही।

केतना केतना घटिया तहरो मिजाज बबुनी ?
धोखेबाज बबुनी उड़नबाज बबुनी ।

Welcome bhojpuri samaj

6 months ago | [YT] | 4